समुंद्र बिज्ञान के रूपरेखा
Appearance
ई लेख समुंद्र बिज्ञान के रूपरेखा खातिर बा। एहिजा समुंद्र बिज्ञान से संबंधित बिबिध लेख सभ के कड़ी आ संछेप में बिबरन आ वर्गीकरण दिहल गइल बाटे।
समुंद्र बिज्ञान (Oceanography) पृथ्वी बिज्ञान सभ के हिस्सा हवे आ भूगोल से के उपशाखा भी मानल जाला। एह बिसय में समुंद्र (महासागर आ सागर) सभ के बिबिध चीज के अध्ययन होला। समुंद्र के तली के ऊँचाई-निचाई, थलरूप, टेक्टॉनिक गति; समुंदरी पानी के खारापन, घनत्व, तापमान; पानी के सर्कुलेशन जेह में तरंग से ले के ज्वारभाटा आ समुंद्री धारा सामिल बा; समुंद्री निक्षेप (डिपाजिट); समुंद्री संसाधन वगैरह के अध्ययन शामिल बा।
एकरे शाखा सभ में भौतिक समुंद्र बिज्ञान, रासायनिक समुंद्र बिज्ञान वगैरह मुख्य बा।
समुंद्री तली
[संपादन करीं]- महादीपीय शेल्फ – महादीप सभ के किनारे के अइसन हिस्सा जे समुंद्री पानी में बूड़ल होखे; एहिजा ढाल बहुत जादे ना होला। आमतौर पर ई ढाल लगभग 100 फैदम के गहिराई (1 फैदम = 6 फीट) तक ले होखे लें। इनहन के चौड़ाई (मने के किनारे से दूरी) कौनों निश्चित ना होला आ लोकल थलरूप के अनुसार पावल जाला। कबो ई भाग जमीन के रूप में समुंद्र से बहरें रहलें, जब पृथ्वी पर आइस एज रहल।
- महादीपीय ढाल
- समुंद्री मैदान
- समुंद्री गर्त
- हिप्सोमीटरी कर्व - एगो अइसन चित्र भा डाइग्राम हवे जेह में पूरा पृथ्वी के ऊँचाई निचाई के औसत देखावल जाला।
समुंद्र के खारापन
[संपादन करीं]- समुंद्री पानी के कंपोजीशन
घनत्व
[संपादन करीं]तापमान
[संपादन करीं]गतिकी
[संपादन करीं]निक्षेप
[संपादन करीं]- समुंद्री निक्षेप – में अइसन पदार्थ आवे ला जे समुंद्र के तली के सतह पर धीरे-धीरे जमाव के रूप में निर्मित होखे।